साहित्य

जीवन के स्रोत

अरुण दिव्यांश

जिनगी देल त भगवान के ,
चले खातिर दू गो राह बा ।
एक राह में निकलत आह ,
दोसर रास्ते वाह वाह बा ।।
जिनगी बाटे आपन आपन ,
आपन आपन राह दुआर ।
कवनों जीवन सज्जन बाटे ,
कवनों जीवन चोर चुहार ।।
करम सब होखेला आपन ,
जन जन ई भामाशाह बा ।
चोरी छिपी चाहे जवन करीं ,
समय त सबके गवाह बा ।।
समय सब होखे कर्ता धर्ता ,
समय सबके बाटे परीक्षक ।
समय पाके सब कुछ होखे ,
समय सबके बा निरीक्षक ।।
कोई रह जात बाटे कुॅंआरे ,
कोई के भईल बियाह बा ।
केहू बनत बिधूर बिधवा ,
त कोई बनल दोआह बा ।।
जीवन बनल प्रतियोगिता ,
जन जन बनत बाटे बीस ।
सबके कमी सब निहारत ,
अपने कमी करो तफ्तीश ।।
पूॅंजी देखे लोग दोसरा के ,
लोग बनत हसबखाह बा ।
आपन धन लोग रखे नुकाके ,
दोसरे के धन पे निगाह बा ।।
अरुण दिव्यांश
छपरा ( सारण )
बिहार ।

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also
Close
Back to top button
error: Content is protected !!